खबरें आपकी
khabreapki

भोजपुरी संसार

Scroll down to content


युवा संघर्ष के बहुत बहुत बधाई,

सुशील मोदी के उम्र बढ़ता बाकी चुलबुलापन नइखे छूटत।

राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी कहले कि रेलवे में ग्रुप डी के बहाली अवुरी बाकी मुद्दा प युवा संघर्ष के आगे रेलवे के पीछे हटे के पड़ल। तिवारी कहले कि आखिरकार रेलवे के आपन बिना मतलब वाला नियमावली वापस लेवे के पड़ल,और युवा अपना ताकत के अहसास करावत जीत हासिल कइले

शिवानंद तिवारी युवा के बधाई देत कहले बहुत मामला में युवा के इ संघर्ष बहुत मजूबत रहे। उ कहले ए संघर्ष के ना त केहू नेतृत्व दिखाई देत रहे ना संगठन। सरकार अवुरी खुफिया विभाग के एकर भनक तक ना लागल उहो संचार क्रांति के आधुनिक युग मे।

राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कहले कि बहुत दिन बाद रेलवे ग्रुप सी अवुरी डी में बहाली करे जाता। लेकिन बहाली के पुरान शर्त के बदल दिहल गईल रहे। विरोध नया शर्त से जुडल रहे। इ विरोध छापा मार रहे। अचानक हजारों के संख्या में युवा रेलवे पटरी प जमा भईले। राजधानी पटना में जब भारी संख्या में युवक हंगामा कईले त सरकार समझ गईल कि कदम पीछे हटावे में देरी कईला के मतलब होई, दावानल निहन पसरे के मौका दिहल।

शिवानंद तिवारी भाजपा नेता अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी प ताना मारत कहले कि सुशील मोदी ए बदलाव के श्रेय खुद के लेत रेल मंत्री के धन्यवाद देवे खाती फोन करतारे। उ कहले कि उमर बढ़ता लेकिन इनकर चुलबुलापन नईखे जात।

उ कहले कि इ विरोध संपूर्ण विकास नीति के चुनौती ह। विकास के पुरान तरीका, अब युवा के कबूल नईखे। ए विकास के समूचा मलाई त एक प्रतिशत वाला चाभ जातारे।


Don`t copy text! सम्पर्क करें डॉ कृष्ण कुमार,दिलीप ओझा,रवि
LATEST NEWS
Copied!